Back to library
Family Values

बोलिया पियार वाली

— राम बहादुर अधीर पिण्डवी

बलिया, गाजीपुर, देवरिया, बिहार वाली। लागे भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।

छपरा, सिवान, आरा, भोजपुर के बोलिया। बुढ़वा, जवान, लड़का बोले हम जोलिया ।।

बोली रउवां हउवे केतना विचार वाली, लागे भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।........

बाटी, चोखा, सतुआ के स्वाद बा निराला। भोजपुरी लोग होला बड़ा दिल वाला ।।

भूजा नीक लागे ताजा गोइंसार वाली, लागे भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।..........

बाति-बाति में होला जहवां गवनई। गवला बजवला में मस्त रहे मनई ।।

करें माई सब पर किरिपा सितार वाली, लागे भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।

प्रेम के अधीर होला इहवां के लोगवा। मेहनति के काम करे होखे नाही रोगवा ।।

खाके सकरकन्द सुथनी सुतार वाली, लागे भोजपुरी बोलिया पियार वाली ।।