Patriotism
जवानी कइसन
— राम बहादुर अधीर पिण्डवी
काम देश के ना आवे ऊ जवानी कइसन । राष्ट्र हित में ना जीये जिन्दगानी कइसन ।।
देशवा से हम बानी हमरा से देशवा। देला हिमालय हमके इहे सनदेशवा ।।
होखे जेइमे ना रवानी ऊ पानी कइसन । काम देश के
छँहिया पथिक जवनी पेड़ की छँहाला। देके उपहार फल, वृक्ष भी अघाला ।।
दान देश हित ना देला ऊ दानी कइसन । काम देश के......
सीमा पर डटल बाने जवन जवनवां। केतना बहादुर बाने देश के ललनवां ।।
जान देश हित ना देई ऊ बलिदानी कइसन । काम देश के......
शेखर, आजाद, भगत, झांसी के रानी। वीर हमीद दिहने देश हित कुरबानी ।।
बिना झांसी वाली रानी के कहानी कइसन । काम देश के