Family Values
हे माई ! रउरी अंचरा में
— राम बहादुर अधीर पिण्डवी
अनमोल रतन धन भरल बा, हे माई! रउरी अंचरा में।
सबके तऽ कुछु ना कुछु देनी, का बाटे हमरी बखरा में ।।
निर्धन के तऽ दउलति देके, निर्धनता दूर भगावेनी।
फिरु काहे हे मइया हमके, बिनु पइसा के तरसावेनी ।।
हमहूं तऽ अरज लगावेनी, रहेनी रउरी असरा में ।।........
सरस्वती हई रउरे बहिना, ऊ हम पर सनेह देखावेली।
जब ज्ञान देली त गीति लिखीं, महफिल में मान बढ़ावेली ।।
अब हम तऽ फैसल बानी इहवां, माई-मउसी की झगरा में ।।........
के बड़हन हऽ, के छोट हवे, ई बाति तऽ हम ना जानेनी।
हम रउवां के जेतना बड़ जानी, ओतने ही उनके मानेनी !
--- PAGE 25 ---
हे माई ! गलती माँफ करीं, जनि डालीं हमके लफड़ा में ।।........
करि देती किरिपा तऽ ई जिनगी, कुछु हमरो माई संवरि जाइत।
जिनगी के नाव फंसल बाटे, हे माई पार उतरि जाइत ।।
हे मातु सरस्वती माँ के संग, आ जइतीं हमरी कटरा में ।।........
Related
More from Family Values
जीवन परिचय
नाम : राम बहादुर 'अधीर पिण्डवी' पिता : (स्व०) श्री बसन्त पिण्डवी
दुलार के करी
हमरी माई अइसन हनके दुलार के करी। बिना स्वारथ के माई जइसन प्यार के करी ।। दुर्गा-देवी केतना देवता मनवली। तब जाके गोदिया में हमरा के पवली ।।
सगे भाई की तरे
सबकी दुख सुख में रहीं सगे भाई की तरे। तबो अरिया चलावे लोग कसाई की तरे ।। धरती की लोगवा के सुख पहुँचाईं। देके दवाई सबके रोगवा भगाईं ।।