Village Life
सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान
— राम बहादुर अधीर पिण्डवी
दिनवा सुरुज उगे रतिया के चान हो। सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान हो ।।
मंदिर में घन्टा मसजिद में अजान हो। सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान हो ।।
हिन्दु, मुसलमान, सिख अरु ईसाई। आपस में हिलमिल रहें चारों भाई ।।
सगरी धरमवां के होला सम्मान हो। सोना के चिरइया ...........
बड़ी उपजाऊ हऽ देसवा के माटी। सुंदर कसमिर बाटे फुलवन के घाटी ।।
मोरवा के नचवा कोयलिया के गान हो। सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान हो ।।...........
गेहूं, चना, धान सब अन्न उपजेला। सुई से लेके एटम बम तक बनेला ।।
आपन धरतिया हीरा मोतिया के खान हो। सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान हो ।।...........
खेतवा में अन्न उपजावेला किसनवाँ। सीमा पर डटल रहे वीर जवनवां ।।
जै जै जवान जै, जै जै किसान हो। सोना के चिरइया हमार हिन्दुस्तान हो ।।.........
Related
More from Village Life
सुधार नइखे
हमरी गउवां में तनिको सुधार नइखे । भाई-भाई में लड़ाई होला प्यार नइखे ।। पहिले के लोग सब एक में रहत रहे। मनवा के बाति सभे सबसे कहत रहे ।।
खिल उठे मनवा उदास
चढ़ते असढ़वा बरसे बदरवा, कि धरती के बूझेला पियासि । बड़ा नीक लागे हरियर दुबिया, खिलि उठे मनवा उदास ।।.......
शहरिया से गाँव हो
दुअरा पर निमिया के घन बाटे छाँव हो। बड़ा नीक लागेला शहरिया से गाँव हो ।। मंगरू भगत लागें गाँव भर के काका। बचनू कँहार लागें बुढ़वन के दादा ।।