Back to library
Village Life

बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा

— राम बहादुर अधीर पिण्डवी

बरगद पिपरा बा गउवां में हमरी, छान्हि छपरा अउर बड़को इनार बा।

बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा ।।......

गउवां में हमरी बा ताल तलैया। घन बसवरिया बा घन अमरइया ।।

नदिया बहेले नियरे कछार बा, बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा ।।......

मेहनति करेला खूब जमि के किसनवा। खेतवा में लहरेला गेहुंआ अउर धनवा ।।

कबो झुमका किनात कबो हार बा, बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा ।।......

उखिया के गुड़ राब पेरि के धराला। नगदी की खातिर कुछू मील पर भेजाला ।।

चना मकई भुजात गोइंसार बा, बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा ।।......

होली दीवाली ईद हिल मिल मनावे। गले से मिले लोग झूमि-झूमि गावे ।।

सबसे जूड़ल सनेहिया के तार बा, बड़ा नीक साथी गउवां हमार बा ।।......